अमेरिका के अमिश आ मेनोनाइट समुदाय के पारम्परिक जीवन शैली के चर्चा से पहिले, मधेशी समुदाय के प्रकृति से जुड़ल जीवनशैली के चर्चा कइल जरुरी बा। मधेश के ओही अगाध प्राकृतिक जीवन में से आज कुआर के महिना के फलक प्रस्तुत कइल जा रहल बा। एगो जमाना रहे जब कुआर के महिना के दस्तक, मन में अइसन उमंग भर देत रहे जेकर गमक बरिस भर दिल में बसल रह जात रहे। भादो बीतते आ कुआर चढ़ते, सरेह से लेके घर-दुआर तक गाँव-देहात के माहौल एकदम बदल जात रहे। सारो धान के कटनी से लेके दशहरा, दीपावली आ छठ के तैयारी के अइसन भीड़-भाड़ शुरू होत रहे कि लोग के साँस लेवे के फुर्सत ना मिलत रहे। गाँव-घर के हरेक आदमी, मरद होखस या जनानी, सब केहू अपन-अपन जिम्मेदारी में जुट जात रहे। सरेह के आरी से लेके गाँव के गलियन तक गाड़ी, या टायर पर माटी ढोवे के काम तेजी से शुरू हो जात रहे। गाँव के लइकन से लेके सेयान तक, सभका मन में एक अलग किसिम के उत्साह छइले रहत रहे।
कुआर के महिना में घर-दुआर के सुंदरता आ सफाई के होड़ लाग जात रहे। माटी के घर के मरम्मत, लिपाई-पोताई खातिर पियरी माटी के तलाश में सरेह के डगर-डगर भटके के पड़त रहे। जनानी लोग पियरी माटी के ढेला-ढेला बीन के ले आवत रही आ ओकरा के पानी में फुला के अइसन चिकना लेप तैयार करत रही जेकरा से घर के टाटी आ अँगना लिपला के बाद चपके लागत रहे। पियरी माटी से लीपल घर के भीत देख के लागत रहे कि घर में सुचिता आ पवित्रता भर गइल बा। ओह समय में पियरी माटी के इस्तेमाल सिर्फ घर लीपे खातिर ही ना, बल्कि नहाए खातिर साबुन के बदले पियरी माटी के प्रयोग भी करत रहे लोग। पोखरा भा इनार पर जाके पियरी माटी से नहाइल जाए, देह में ओकर लेप लगा के धूपावल जाए, आ साफ पानी से नहा लेहल जाए। अइसन प्राकृतिक आ ताजगी भरल अनुभव रहे जेकर तुलना आज के कवनो महंगा साबुन या शैम्पू से नइखे कइल जा सकत।
एह महिना में काम के अलग पहाड़ टूट पड़त रहे। एक तरफ सारो धान के कटनी आ अगहनी रोपेके के चिंता। दोसर तरफ पर्व-त्योहारन के आवत बयार। कुआर ऊ खास महिना हवे जवना में सारो धान के पुवारा के गमक गाँव-गाँव आ टोला-टोला में छा जात रहे। सारो धान के खेती ना सब केहू से सम्भव रहे आ ना ओतना व्यापक होत रहे। जेकरा पास पर्याप्त संसाधन, खेत आ सिंचाई के सुविधा रहत रहे, उहे दू गो बाली उपजावे में सक्षम होत रहे। एहसे दुगो धानबाली उपजावल सम्पन्न आ मेहनती किसानन के पहचान मानल जात रहे।
भादो आ कुआर के ई समय पर्व-त्योहारन के भी पवित्र महिना मानल गइल बा। एह समय में अनेक व्रत आवेला, जेमें पावन तीज आ जिउतिया के पबनी आवेला। तीज में सारो धान के चाउर घोनसार में भुजवा के, जब जाँत में पिसाए त सुगन्ध घरभर पसर जाए। ओही भुजा के पिसान में चिनी फेंट के तीज के प्रमुख प्रसाद तइयार कइल जाए। बेटी-बहिन किहाँ बायन भेजे के होखे त, तीज के परसादी के साथ में पंडुकिया आ केसार भी बना के भेजल जाए।
ओही तरह, जिउतिया पबनी में सरगही खाए के परम्परा बहुत पुरान आ अटूट बा। जिउतिया में सरगही खातिर सारो धान के ताजा चिउरा के बाते कुछ अलग होला। सारो के ताजा धान से कुटावल ताजा चिउरा के गमक आ मिठास मन मोह लेत रहे। एहसे जेकर घरे सारो धान के खेती ना होत रहे, ऊ लोग उदास ना होत रहे बल्कि अपने पड़ोसिया से, जेकरा घरे सारो कटाइल होखे, पइँचा माँग के ले आवल जात रहे। गाँव में आपसी भाइचारा आ सौहार्द अइसन रहे कि कवनो त्योहार में पइँचा-पालट बिना फिफक के हो जात रहे।
![]() |
| प्रकाशित : गोरखापत्र-भोजपुरी पृष्ठ-२०८३/०६/०९ गते शुक्रवार |
सारो धान के ओखर-ढेंकी में चिउरा कुटल जात रहे या मिल में कुटवावल जात रहे। ताजा कुटा के आइल सारो धान के चिउरा, ओकरा साथे गाय भा भैंस के दूध से जमावल छालीवाला सजाव दही, तनका निपक आ साथे खेत से तुर के आइल ताजा हरिहर मर्चा जब खाइल जात रहे त ओकर स्वाद गजबे होत रहे। ई केवल व्यंजन ना रहे, ई त प्रकृति के देहल अनमोल वरदान आ गाँव के मेहनत के असली स्वाद रहे, जेकरा खातिर बरिस भर इन्तजार कइल जात रहे।
अउरी त अउरी, सारो धान के पुवारा के खरिहान में या गाँव के सड़क के किनारे पसार के सुखावल जात रहे। सारो के पुवारा जब कड़ाकेदार घाम में सूखत रहे त ओकरा से निकलत गमक से पूरा गाँव गमगमा जात रहे। पुवारा के ऊ गमक गाँव के हवा में घुल-मिल के वातावरण के अलगे रूप देत रहे। ओह समय के मौसम भी अद्भुत रहत रहे। सबेरे आ साँझिया के सुहावन आ सुनहरा मौसम आ दिन के समय कड़कचुर घाम। एह मौसम में शरीर में थकान के एहसास कम आ काम करे के उमंग ज्यादा होत रहे।
आधुनिकता के होड़ में परम्परा भुलावत मधेश, मगर अमेरिका के अमिश आ मेनोनाइट समुदाय हमनी के सिख दे रहल बा। अमेरिका में पेन्सिल्वेनिया, ओहायो आ इंडियाना जइसन राज्यन में “अमिश” आ “मेनोनाइट” समुदाय के लोग आजुओ अइसने अद्भुत आ पारम्परिक जीवनशैली जी रहल बा। तकनीक आ आधुनिकता के एतना बड़हन अखाड़ा में रहल ई लोग आजु के डिजिटल चकाचौंध जइसे कि मोबाइल, कम्प्युटर, इन्टरनेट, सामाजिक सञ्जाल, बिजली, ट्रैक्टर आ आधुनिक सवारी साधन से कोसों दूरी बना के बा। खेती-किसानी के काम मशीनन के जगह ओतही हाथ आ हर बयल से होला। घर के मरम्मत, लिपाई-पोताई आ सफाई खातिर ई लोग भी कुदरती माटी, चूना आ जैविक चीजन के प्रयोग करेला।
सादा पहिरावा, आपसी सहयोग, आ खेत-खरिहान से जुड़ल ई सादगी से भरल जीवन देख के लागेला कि माटी आ परम्परा के सोन्हापन के बचावे के चाहत केवल हमनी के गाँव-देहात तक सीमित नइखे। बल्कि दुनिया के सबसे विकसित देश में भी कुछ स्थान अइसन बा, जहाँ लोग अपना पुरखा के रीति-रिवाज आ प्राकृतिक जीवन के ओही लगन आ श्रद्धा से जोगावत आ रहल बा, जइसे कभी हमनी के गाँव में पूरा समाज एक साथ मिल-जुल के कुदरत के नियमन के संगे जीवन जियत रहे।

