माई के हाथ में बन्हाइल जिउतिया के धागा देख के लइका के मन में शायद कबहूँ ई सवाल ना उठे कि आखिर एतना कठिन व्रत के जरूरत का बा ? सन्तान खातिर त ई बस एगो परब होला—माई पूजा करेली, व्रत रखेली आ घर के माहौल कुछ दिन खातिर बदल जाला।
लइका के का मालूम कि माई के निराहार पेट में ओकर दिर्घायु खातिर भुखल पडल बा।
का मालूम कि जे माई बोखार में रात-रात भर जागेली, ओकरा खातिर संतान के लंबा उमिर भगवान से माँगे खातिर अपना भूख-पियास छोट लागेला।
एही से जिउतिया खाली एगो धार्मिक व्रत ना ह। ई माई के ममता, त्याग आ संतान खातिर अनगिनत चिंता के परब ह।
ई कवन गणित ह? शायद एकर नाम ममता ह। जिउतिया के असली अर्थ शायद रस्म निभावे में ना, ओकर भावना समझे में बा।
लोकपरंपरा में राजा जीमूतवाहन के कथा एह पर्व से जुड़ल बा। त्याग, करुणा आ प्राण रक्षा के भावना से जुड़ल ई परंपरा समय के साथ माई के संतान खातिर मङ्गलकामना के रूप में घर-घर पहुँचल।
भोजपुरी समाज में जिउतिया के दिन भोर से पहिले घर में हलचल शुरू हो जाला। पूजा के थारी सजेला। माई तइयार होखेली। आ बीच-बीच में उनकर नजर अपना संतान के चेहरा पर जरूर पड़ेला।
संतान छोट होखे त शायद समझ ना पावे कि माई काहे भूखल बाड़ी।
ऊ पूछेला—“माई, पानी ना पीयबू?”
माई मुस्कुरा के कहेली—“ना रे, आज व्रत बा।”
लइका फेर खेल में लाग जाला।
बाकिर माई के मन ओही लइका में अटकले रहेला।
समय बीत जाला।
माई संतान के जीवन लंबा होखे के कामना करेली। संतान के भी चाहीं कि माई के जीवन अपनापन, सम्मान आ साथ से भरल रहे।
ओही लइका के पढ़ाई खातिर शहर जाए के पड़ेला। नौकरी खातिर दोसर शहर, दोसर देश तक पहुँच जाला। फोन पर बातचीत होखे लागेला, वीडियो कॉल पर चेहरा देखाई देवे लागेला, बाकिर माई के मन के दूरी कहाँ कम होला?
“माई, जिउतिया रखले बाड़ू?”
“हँ बेटा।”
“पानी पीयलुह।”
“ना, आज पानी ना पियइल जाला।”
“आपन ख्याल रखिह।”
“तू आपन ख्याल रख।”
फोन कट जाला। बेटा अपना काम में लाग जाला। माई मोबाइल नीचे रख देली। बाकिर कुछ देर तक उनकर नजर ओही मोबाइल पर टिकल रहेला।काहे कि माई खातिर बात खत्म हो सकेला, चिंता ना। जिउतिया में माई संतान के लंबा उमिर माँगेली। बाकिर शायद संतान के भी एह दिन एगो बात माँगे के चाहीं—माई के लमहर साथ।
माईलोग अक्सर संतान के उमिर खातिर प्रार्थना करेली, बाकिर माई अपन उमिर के बारे में कबो ना सोचेली?
जवन माई पूरा जीवन संतान के आगे बढ़ावे में लगा देली, ओकरा बुढ़ापा में शायद महँग उपहार से अधिक जरूरत होला—थोड़ा समय के, थोड़ा अपनापन के, आ एगो छोट सवाल के—
“माई, तू ठीक बाड़ू?”
कबहूँ-कबहूँ ई चार शब्द माई खातिर पूरा दुनिया बन जाला। जिउतिया के धागा छोट होला, बाकिर एह छोट धागा में पूरा संसार बन्हाइल रहेला।
माई जब ओकरा बान्हेली, त ऊ खाली धागा ना, ऊ अपन उम्मीद, डर, प्रार्थना आ अपना ममता बान्हत बाड़ी।
दूरी चाहे हजारों किलोमीटर के होखे, माई के चिंता संतान तक पहुँचिए जाला। संतान उदास होखे त माई बिना बतवले बुझ जाली। संतान खुश होखे त माई के मन सबसे पहिले खिल उठेला।
ई कवन गणित ह? शायद एकर नाम ममता ह। जिउतिया के असली अर्थ शायद रस्म निभावे में ना, ओकर भावना समझे में बा।
माई व्रत रखली, पूजा कइली, धागा बन्हली—बाकिर अगर संतान ओकरा खातिर समय ना निकाल पावल, ओकर अकेलापन ना समझ पावल, ओकर थकान ना देख पावल, त परंपरा के भावना अधूरे रह जाई।
माई संतान के जीवन लंबा होखे के कामना करेली। संतान के भी चाहीं कि माई के जीवन अपनापन, सम्मान आ साथ से भरल रहे।
काहे कि जिउतिया के धागा कलाई पर कुछ दिन रहेला, बाकिर माई के ममता के धागा पूरा जिनगी साथ रहेला। ई धागा अगर दिल से संभालल जांव, त कबो ना टूटे।
