एह बेर कुवार लागते माई रमेश के फोन के इंतजार करे लगली।
कुवार चढ़ते गाँव के रूप बदल गइल रहे। सवेरे के हवा में अब पहिलेजइसन गरमी ना रहे, हल्का सिहरन महसूस होखे लागल रहे। आँगन में माई गोबर-माटी से घर लिपत रहली, बाबूजी खटिया पर बइठल बजार के ओर ताकत रहले। बजार में दशहरा के चहल-पहल बढ़े लागल रहे, कपड़ा के दोकान पर भीड़ रहे, मिठाई के दोकानन से ताजा जिलेबी, चिनी के पाग के सुगंध आवत रहे। गाँव के लइकन झुलुवा के बात करत रहसन्, बाकिर माई के मन में दशहरा से अधिक एगो सवाल घूमत रहे—“बेटा एसो आई कि ना?”
तीन बरिस पहिले रमेश रोजगारी के खोज में कतार गइल रहे। गाँव में खेती से परिवार चलावल मुश्किल हो गइल रहे। बाबूजी के उमिर ढलत रहे, खेत के काम पहिले जइसन ना हो पावत रहे आ रमेश के मन में रहे कि कुछ साल परदेश कमाई करके घर के हालत सुधार दी। जाए के दिन माई बहुत रोवले रहली, बाकिर बेटा के सामने आँसू पोंछ के कहली, “जा बेटा, मेहनत करिहऽ, बाकिर आपन खयाल जरूर रखिहऽ।” बाबूजी बस एतने कहले रहले, “कमाई बाद में होई, पहिले सही सलामत रहिहऽ।” रमेश हँसत-हँसत बस चढ़ गइल रहे, बाकिर बस आँख से ओझल होखे तक माई सड़क किनारे खड़ा रहली।
बाबूजी खटिया पर बइठल मुस्कुरात रहले। बाहर दशहरा के गीत बाजत रहे, आ घर के भितर तीन बरिस से अधूरा रहल एगो आवाज फेर गुञ्जत रहे—माई के हँसी।
पहिला बरिस रमेश दशहरा में ना आ पावल। फोन पर कहले रहे, “माई, छुट्टी ना मिलल।” माई कहली, “कोई बात ना बेटा, अगिला बेर आ जइहऽ।” दोसरा बरिस भी उहे भइल। काम के बोझ, टिकट के महँगाई आ कम्पनी के नियम के बहाना रहे। माई हर बेर फोन पर हँस के कहत रहली, “हमनी के का जल्दी बा, तू कमाई करऽ।” बाकिर फोन कटला के बाद ऊ चुपचाप बरामदा में बइठ जात रहली। बाबूजी सब समझत रहले, बाकिर पूछत ना रहले। ऊ जानत रहले कि माई के दुख के सबसे बड़ कारण बेटा के दूरी ना, बल्कि ओकर आवाज के कमी हो गइल बा।
एह बेर कुवार लागते माई रमेश के फोन के इंतजार करे लगली। पड़ोस के घरन में दशहरा के तैयारी शुरू हो गइल रहे। सब केहू के घर में नया कपड़ा आ गइल रहे, केहू बाजार से मिठाई ले आवत रहे। बगल वाली चाची के बेटा दुबई से छुट्टी लेके आ गइल रहे। जब ऊ अपना माई के पैर छुवलस त रमेश के माई अपना ओसरा में खड़िया के देखत रहली। रात में चुपचाप रमेश के पुरान फोटो निकाल के बहुत देर तक निहारत रहली। बाबूजी देख के कहलन, “फोन कर लऽ।” माई धीरे से जवाब देहली, “काम में होई... परेशान कइसे करीं?”
एक दिन सबेरे रमेश के फोन आइल। माई के चेहरा एकाएक चमक उठल। “हँ बेटा, कब अइबऽ?” ओने कुछ सेकेन्ड चुप्पी रहल, फेर आवाज आइल, “माई, एह बेर भी शायद ना आ पाईं।” माई कुछ पल चुप रहली। पियरी माटी से लिपल आँगन आ टाटी अभी सुखलो ना रहे, बाकिर उनका आँख में पानी भर गइल। ऊ रोवांस आवाज में कहली, “ठीक बा बेटा, काम जरूरी होला। आपन खयाल रखिहऽ।” फोन कट गइल। बाबूजी कुछ दूर खड़ा सब देखत-सुनत रहले। माई के हाथ में मोबाइल काँपत रहे।
दशहरा से दू दिन पहिले माई बाजार गइल रहली। बेटा के मनपसंद रंग के एगो कुर्ता देख के रुक गइली। दोकानदार कहलस, “चाची, ई रंग आजकल खूब चल रहल बा।” माई कुर्ता हाथ में लेके कुछ देर देखली आ बिना दाम पूछले दोकनदर से कहली, “दे दीं।” घरे अईला पर बाबूजी कहलें, “जब ऊ अइबे ना करी, त कपड़ा काहे किनलू ह ?” माई मुस्कुरा के कहली, “कपड़ा के का पता बेटा कब आ जाई।” बाबूजी कुछ ना बोलले। ऊ जानत रहले—ई कुर्ता बेटा के देबे खातिर कम, माई के उम्मीद जिंदा रखे खातिर अधिक खरीदाइल बा।
घटस्थापन के दिन गाँव में ढोल-मजीरा के आवाज गूँजे लागल। घर-घर पूजा के तैयारी होत रहे। लइका सभ नया कपड़ा पहिर के दौड़त रहे। माई भी सबेरे से काम में लागल रहली, बाकिर बार-बार सड़क के ओर देखत रहली। बाबूजी एक बेर हँस के कहलन, “अबकी त तोहर आँख सड़के पर बस गइल बा।” माई कहली, “माई के आँख बेटा के राह ना देखी त के देखी ?”
दुपहरिया हो गइल। रमेश के ओर से ना फोन आइल, ना कवनो खबर। माई आखिरकार थाक के आँगन में बइठ गइली। बाबूजी पूजा के थरिया सजावत रहले। तभी बाहर से आवाज आइल—“माई !” माई के हाथ से दिया लगभग छूट गइल। ऊ आवाज फेर सुनाई देहल—“माई, कहाँ बाड़ू ?” माई एक पल खातिर विश्वास ना कर पवली। दरवाजा खोलते सामने रमेश खड़ा रहे। कान्हा पर एगो छोट बेग, चेहरा पर थकान आ आँख में घर लौटे के खुशी।
माई कुछ बोले से पहिले ओकरा से लिपट गइली। तीन बरिस के दूरी शायद ओह एक पल में टूट गइल। बाबूजी कुछ दूर खड़ा रहले। ऊ आँख पोंछत कहले, “केतना दिन भइल तोरा के देखला रे ?” रमेश हँसत कहले, “बाबूजी, कमाए गइल रहीं, घर भुलाए ना।” माई तुरते भीतर गइली आ कुछ देर बाद उहे कुर्ता लेके अइली जे दू दिन पहिले बाजार से किनले रहली। काँपत हाथ से बेटा के देत कहली, “ई तोहरा खातिर किनले रहनी।” रमेश कुर्ता छाती से लगवलस। ओकर आँख भिंज गइल।
साँझ के गाँव में दशहरा के रौनक बढ़त गइल। घर-घर पूजापाठ, लइका सभ खेलत, दूर कहीं दुर्गा पूजा के गीत सुनाई देत रहे। माई चुपचाप बेटा के खाना परोसत रहली। रमेश खाना खात-खात पूछलस, “माई, तू फोन काहे ना करत रहली?” माई मुस्कुरा के कहली, “काम में रहेलऽ, परेशान कइसे करीं?” रमेश थरिया छोड़ के माई के ओर देखलस आ धीरे से कहलस, “माई, पैसा कमाए खातिर परदेश गइल रहनी, बाकिर आज बुझाइल कि घर से दूर रह के सबसे महँग चीज कमाई ना, समय होला।”
माई कुछ ना कहली। बस बेटा के थारीया में फेर तरकारी राख देहली। बाबूजी खटिया पर बइठल मुस्कुरात रहले। बाहर दशहरा के गीत बाजत रहे, आ घर के भितर तीन बरिस से अधूरा रहल एगो आवाज फेर गुञ्जत रहे—माई के हँसी।
परदेश गइल बेटा पैसा लेके घर ना लौटल रहे। ऊ त घरके आपन समय देबे खातिर लौट के आइल रहे।
