“ये मुसलमान का खून, ये हिंदू का खून… बता, इसमें मुसलमान का कौन सा है और हिंदू का कौन सा है?”
“आ गए मेरी मौत का तमाशा देखने?”
ई संवाद क्रांतिवीर (१९९४) के ह, जवना में नाना पाटेकर प्रताप नारायण तिलक के किरदार निभवले रहलें। प्रताप एगो अइसन आदमी रहे, जे अन्याय, भ्रष्टाचार आ सामाजिक बँटवारा के खिलाफ आवाज उठावत रहे। नाना पाटेकर के आँख के गुस्सा, आवाज के कंपन आ संवाद बोले के अंदाज प्रताप के खाली एगो फिल्मी किरदार ना, बल्कि दर्शकन के बीच यादगार चेहरा बना देहलें। क्रांतिवीर के ऊ भूमिका नाना पाटेकर के अभिनय यात्रा के सबसे चर्चित पड़ाव में से एगो बन गइल।
उनकर अभिनय खातिर तीन बेर राष्ट्रिय फिल्म पुरस्कार मिलल आ २०१३ में भारत सरकार पद्मश्री से सम्मानित कइलस।नाना पाटेकर के अभिनय के खासियत ई रहे कि ऊ संवाद बोलस कम आ ओकरा के जीयत जादे रहलें। उनकर आवाज में एगो अइसन धार रहे, जे सीधा दर्शक के भीतर उतर जात रहे। क्रांतिवीर के प्रताप होखे, परिंदा के अन्ना, अब तक छप्पन के पुलिस अधिकारी भा नटसम्राट के गणपत बेलवलकर—हर किरदार में ऊ आपन अलग छाप छोड़ गइलें। ऊ गंभीर भूमिका निभवले त दर्शकन के सोच बदललें, आ जब हास्य के तरफ गइलें त वेलकम के उदय शेट्टी बनके करोड़ों दर्शकन के हँसवले।
उनकर अभिनय के एगो अउर खास रंग यशवंत (१९९७) में देखे के मिलल, जहाँ ऊ पुलिस अधिकारी के भूमिका में रहलें। ओह फिल्म के एगो चर्चित संवाद आजो उनका तेज आवाज आ तीखा अंदाज हमेशा इयाद दिलावत रही —“एक मच्छर आदमी को हिजड़ा बना देता है...” ई संवाद खाली एगो फिल्मी लाइन ना रहे; नाना के संवाद अदायगी के ऊ खास अंदाज रहे, जहाँ एगो छोट घटना के बहाने पूरा व्यवस्था आ आदमी के भीतर के घुंटन पर चोट कइल गइल।
फेर वेलकम (२००७) में ऊ उदय शेट्टी बनके सामने अइलें। गंभीर आ आक्रामक किरदारन खातिर पहिचानल जाए वाला नाना पाटेकर एह फिल्म में हास्य के अलग रंग देखवले। गुस्सा, झुँझलाहट आ परिस्थिति के बीच उनकर संवाद दर्शकन के हँसावत रहे। “साला, ये दुख काहे खत्म नहीं होता बे !” जइसन संवाद आजो उनकर प्रशंसकन के जुबान पर सुनाई देला। इहे भूमिका साबित कइलस कि नाना खाली गंभीर अभिनय के कलाकार ना रहलें; ऊ हास्य में भी ओतने प्रभाव छोड़ सकेलें।
नाना पाटेकर के फिल्मी सफर करीब पाँच दशक तक चलल। १९७८ में गमन से शुरू भइल यात्रा आगे चलके परिंदा, क्रांतिवीर, अग्निसाक्षी, अब तक छप्पन, राजनीति, नटसम्राट आ अनेक यादगार फिल्म तक पहुँचल। उनकर अभिनय खातिर तीन बेर राष्ट्रिय फिल्म पुरस्कार मिलल आ २०१३ में भारत सरकार पद्मश्री से सम्मानित कइलस।
अनेक समाचार माध्यमन के मुताविक ८ अक्टूबर २०२६ के सबेरे नाना पाटेकर के गोवास्थित आवास पर तबीयत बिगड़ल। अस्पताल लेके गइला के बाद चिकित्सक लोग उनका के बचावे के कोशिश कइलस, बाकिर उनकर जान ना बच सकल। अस्पताल के जानकारी के अनुसार उनका मौत कार्डियक अरेस्ट से भइल। ऊ ७५ बरिस के रहलें।
नाना पाटेकर के निधन के खबर सुनते ही उनका फिल्मन के संवाद फेर से सोशल मीडिया पर गूँजे लागल बा। लोग क्रांतिवीर के प्रताप के इयाद कइल, वेलकम के उदय शेट्टी के इयाद कइल आ उनका आवाज में बोलल हर ऊ संवाद फेर सुने लागल, जे सालन से दर्शकन के दिल में बसल बा।
आज नाना पाटेकर नइखन। आवाज खामोश हो गइल बा, पर्दा पर उनकर नया किरदार अब ना देखाई दी। बाकिर एगो कलाकार के असली मौत तब ना होला जब ओकर साँस रुक जाला; ऊ तब मरेला बा जब लोग ओकरा के इयाद कइल बंद कर देला। नाना पाटेकर के साथ अइसन शायद कबो ना होई। उनकर आवाज, उनकर आँख के गुस्सा, उनकर संवाद आ उनकर निभावल किरदार पीढ़ी दर पीढ़ी याद कइल जात रही।
नाना पाटेकर के इयाद में एगो संवाद शायद हमेशा सबसे अलग ढंग से गूँजत रही। क्रांतिवीर में प्रताप जब भीड़ के सामने खड़ा होके धर्म के नाम पर इंसान के बाँटेवाला सोच पर सवाल उठावत बा, त ऊ कहेला—
“ये मुसलमान का खून, ये हिंदू का खून… बता, इसमें मुसलमान का कौन सा है और हिंदू का कौन सा है ?”
नाना पाटेकर के भावपूर्ण श्रद्धांजलि !
