राजेश मिश्र
​
राजेश मिश्र
​

आस्था के अजर-अमर बहाव

राजेश मिश्र
राजेश मिश्र​ · पढाइ
समय के नदी में केतना पानी बह गइल, बाकिर आदमी के आस्था, सिनेमाप्रति ओकर अद्भुत मोह आ भक्तिभाव के श्रद्धा आजुओ ओही लेखा बा। इस्वी सन् ३० मई १९७५ के जब ‘जय सन्तोषी माँ’ नाम के छोट बजट के धार्मिक फिलिम सिनेमा घरन में आइल, तब केहू सोचले ना रहे कि ई भारतीय उपमहाद्वीप के सिनेमा इतिहास में नया युग के शुरुआत करी। सनातन संस्कृति में सन्तोष, धैर्य अउरी पारिवारिक कल्याण के देवी मानल गइलीं सन्तोषी माता के भक्ति महिमा पर आधारित ई फिलिम खाली मनोरञ्जन के साधन ना रहल, बल्कि हर हिन्दू घर-परिवार के आस्था के रूप बन गइल। ऊ समय अइसन रहे, जब आजु लेखा प्रविधि के विकास ना भइल रहे, ना इंटरनेट के सञ्जाल रहे। एक शहर से दोसरा शहर चाहे एक देश से दोसरा देश तक फिलिम के रिल पहुँचे में महीना ना, बरिसन इंतजार करे के परत रहे। ओहि समय हमार जनम भइल रहे, माकिर संसार के चीन्हे-जाने के बाकी रहे, काहे कि एक महीना के दुध पिउवा लइका रहनी। हमर बचपन के सुरुआती कदम ओह फिलिम के प्रभाव यात्रा शायद एके समय के रेखा पर आगे बढ़त रहे।

प्रविधि जेतनो आधुनिक काहे ना हो जाव, बाकिर लोग के भावना, बिस्वास आ सांस्कृतिक जड़ हमेशा ओही एके लय में धड़कत रहेला।

समय बीतत गइल ​आ ऊ बहुचर्चित फिलिम वीरगंज के आदर्शनगरस्थित अप्सरा सिनेमा हवल तक पहुँचते-पहुँचते ​हम लगभग डेढ़ बरिस के हो गइल रहनी। ​हम डेगाडेगी जमीन पर ​ढिलमिलात ​चलत रहीं ​आ सुगवा बोली बोले लागल रहनी। ओहि जमाना के लोगन के कहला मुताबिक ओहि समय गाँव से लेके शहर तक एकेगो फिलिम के चर्चा रहे — जय सन्तोषी माँ। धार्मिक निष्ठा ​आ सिनेमा के परदा के ऊ अद्भुत सङ्गम देखे खातिर लोगन में जवन उत्साह रहे, ओकरा के शब्दन में कहल ​मुश्किल बा। ​हमार परिवार के लोग ​हमारा के काँख में चाप के, पोखरिया से बयलगाड़ी के धीरे-धीरे चाल से घण्टन यात्रा करत वीरगंज के ओहि अप्सरा सिनेमा हल तक पहुँचल, जवन बात घरी-घरी पारिवारिक जमघट में सुने के मिलेला। बयलगाड़ी के चक्का से धू​रा उड़त ​आगे बढ़ला पर ​जवन आत्मीय माहौल बनत रहे ​आ ​हवल के भीतर ​ढुकला पर ​लौकत विशाल परदा के जादू संभवतः ​हमार ल​डकपन के चेतना पर कतहूँ न कतहूँ अनोखा छाप छोड़ देले रहे।
धार्मिक सिनेमाप्रति मोह ​आ भक्तिभाव खाली वीरगंज के आदर्शनगरस्थित अप्सरा सिनेमा ह​वल तक सीमित ना रहल। विक्रम संवत् २०४० के दशक में पर्सा जिला के पोखरिया में तत्कालीन राजा वीरेन्द्र के जनमदिन के अवसर पर हर बरिस पूस १४ गते से सप्ताह भर के मेला लगत रहे। ओहि मेला में मनोरञ्जन के अउरी साधनन के साथ-साथ सभसे बड़हन आकर्षण के केन्द्र ​होत रहे— अस्थायी सिनेमा ह​वल। खुला खेत के बिच में बाँस के ​खुटारी गाड़ के, काँटेदार तार से घेर के, अउरी चारो तरफ कपड़ा से घेर के, अस्थायी ह​वल बनावल जात रहे। ह​वल के ​एक तरफ बड़हन ​उजर कपड़ा के परदा टाँगल जात रहे। अइसन ह​वल सभ आधुनिक प्रविधि के ना रहे, दिने घाम के उजाला में परदा पर कुछुओ ना ​देखाई देत रहे, ओही से फिलिम खाली राति के ​आन्हार में चलावल जा सकत रहे। बस तीन रोपेया के टिकट कटा के, जाड़ के ​रात में खुला ​असमान के नीचे कपड़ा के ओत में कप​डे के परदा पर ‘जय सन्तोषी माँ’ देखे खातिर उमड़े वाला लोगन के भीड़, ऊ निष्ठा अउरी ऊ आत्मीयता आजुओ ​इयाद ​कईला पर मन में अलगे तरङ्ग पैदा करेला। लोगन खातिर ऊ खाली मनोरञ्जन ना रहे, बल्कि ए​गो पवित्र धार्मिक अनुष्ठान बन गइल रहे, ज​हवा ह​वल के भितर लोग चप्पल खोल के, धूप-बती बार के, हाथ जो​ड के साक्षात देवी लेखा परदा पर दिखे वाली देवी के दरशन करत र​हे लोग ।

चार दशक से जादे के ई लम्बा समय में संसार बहुते बदल गइल, प्रविधि बहुत बड़हन फलांग मरलस। काल्ह के ऊ भारी रिल के बकसा सभ, जवन एक हवल से दोसरा हवल चाहे भा एक शहर से दोसरा शहर पहुँचावे में हफ्तन लागत रहे, अउरी त अउरी, एक देश से दोसरा देश पहुँचावे में मही​नो लागत रहे, ऊ बात आजु किस्सा-कहानी बन गइल बा। आजु के डिजिटल जुग में युजरनेम ​आ पासवर्ड के एक क्लिक पर दुनिया भर के हजारन सिनेमाघरन में एकही संगे फिलिम देखावल जा सकेला। काल्ह के बयलगाड़ी के यात्रा, खुला खेत के अस्थायी ह​वल अउरी तीन ​रोपेया के टिकट आजु इतिहास के पाना में सिमट गइल बा। बाकिर, एतना प्रविधि के बदलाव अउरी समय के तेज चाल के बादो ए​गो बात आजुओ ना बदलल— ऊ बा भक्तिपरक सिनेमाप्रति जनमानस के अगाध प्रेम अउरी सामाजिक उत्साह।

​वर्तमान समय में ‘हनुमान अंश’ नाम के भक्तिपरक फिलिम सिनेमाघरन में ठीक ओइसने ऐतिहासिक माहौल बना देले बा, जइसन कवनो समय ‘जय सन्तोषी माँ’ बनवले रहे। बीसवीं सदी के महान सन्त, हनुमानजी के साक्षात अवतार मानल जाए वाला नीब करौरी महाराज के दिव्य जीवन, सर्वव्यापी करुणा अउरी हनुमान भक्ति पर आधारित ई फिलिम आजु के आधुनिक समाज के फेरु से अध्यात्म के दुअरा पर लियाके के खड़ा कर देले बा। नीम करौरी बाबा के नाम सुनते जइसे दुनिया भर के करोडन श्रद्धालु के मा​था श्रद्धा से झुक जाला, ओइसहीं परदा पर उहाँ जीवनी अउरी हनुमानजी प्रति समर्पण देख के दर्शक लोग भावविभोर हो ​जा रहल बा लोग। लगभग दु करोड़ ​रोपेया के छोट बजट में बनल ई फिलिम बक्स ऑफिस पर जइसे सफलता के नया कीर्तिमान बनवले बा, ओकरा से फेरु एक बेर साबित हो गइल बा कि सिनेमा के मुख्य ताकत आधुनिक प्रविधि चाहे करोडन के बजट ना होखे, बल्कि दर्शक के करेजा के छूवे वाली कथा अउरी आस्था के शक्ति होखेला। ई फिलिम ह​वल में गइला के बाद सुरु में कम अउरी धीरे-धीरे बढ़त गइल दर्शकन के उपस्थिति अउरी चेहरा पर ​झल्कत भक्तिभाव ओही अप्सरा सिनेमा ह​वल ​आ पोखरिया के मेला के ​इयाद ताजा करा देले बा।
‘हनुमान अंश’ के ई अभूतपूर्व सफलता भारतीय अउरी क्षेत्रीय सिनेमा क्षेत्र में नया तरङ्ग ​लिया देले बा। जादे लगानी, बड़हन स्टार अउरी भारी-भरकम भिजुअल इफेक्ट्स के बिना भी अगर कथा में इमानदारी ​आ आस्था के साँच भाव बा, त लोग ओकरा के कइसे सिर-आँखन पर लेवेलन, ई फिलिम ओकर उदाहरण बन गइल बा। एह फिलिम के नया लगानीकर्ता अउरी नया कलाकारन सभ रातारात स्टार बन गइल बाड़न, ​ओहलोग के चर्चा आजु सब के जीभ पर बा। बाकिर ई सफलता खाली ​ऊ लोग के व्यक्तिगत सफलता ना ह, ई त भक्ति अउरी आस्था के अमर बहाव ह, ​जवन एक पुस्ता से दोसर पुस्ता में जात आजु के आधुनिक युग में भी ओतने जीवन्त ​आ सशक्त हो के ठाढ़ बा।

‘जय सन्तोषी माँ’ देखे खातिर ऊ बयलगाड़ी के यात्रा से लेके ‘हनुमान अंश’ के ई डिजिटल स्ट्रिमिंग जुग तक पहुँचते-पहुँचते प्रविधि के रूप बदल गइल, ह​वल के बनावट बदल गइल अउरी टिकट के दाम बदल गइल। बाकिर ​आदमी के मन के भीतर के आस्था के ऊ दिया, मनोरञ्जन प्रति ऊ ​पियास ​आ सपरिवार ​एक सङ्गे ​बईठ के सिनेमा देखला में मिले वाला ऊ अद्भुत आनन्द आजुओ ​ओहि लेखा बा। समय के ई रोमाञ्चक मोड़ पर विगत आ वर्तमान के जोड़े वाला ई धागा हमनी के ​इयाद दिलावेला कि प्रविधि केत​नो आधुनिक ​काहे ना हो जाव, बाकिर ​लोग के भावना, बिस्वास ​आ सांस्कृतिक जड़ हमेशा ओही एके लय में धड़कत रहेला।
टिप्पणी लेख्नुहोस् गृहपृष्ठमा फर्कनुहोस्

कुल पाठक

लिंक कपी भयो